काठमाडौ , साओन १७ । नेपाल कम्युनिष्ट पार्टीके नेता तथा पूर्व प्रधानमन्त्री माधकुमार नेपाल कहलन देशमे रहके काम नकरेके कारणा प्रवृति हि देशके मुख्य समस्या रहल बतएलन । समता फाउण्डेसन राजधानीमे कएले अन्तरक्रिया कार्यक्रममे नेता नेपाल कहलन विदेशमे रहके दुख करेके तयार आ अपना देशमे काम नकरेके,ओकरालेल प्रवृति अन्तय करेके परि बतएलन । अपना देशमे काम रहलाके बाद भि विदेशके लहरमे सब विदेश जारहल मेन समस्या ओकरा दुर करेके सब गोराके लागेके परि नेता नेपाल कहलन । विदेशके कामके लहरमे जाएवाल हि मानव तस्करी आ बिचवनियाके खेलेवाला सुन्दर अवसर मिलले नेता नेपाल कहलन । नेपाली कंग्रेसके सांसद डिला संग्रौला कहलन विदेशके कामके घटनामे देशमे कामके व्यवस्था करेके परि बतएलन । हुन सरकारके उपर कडा आरोप लगएलन , कहलन सरकारके कामके उपर ध्यान हि नरहल हए । प्रधानमन्त्री रोजगार कार्याक्रममे बहुत बरका बेथित आएल हुन बतएलन ।

0 0 votes
Article Rating
Subscribe
Notify of
guest
0 Comments
Inline Feedbacks
View all comments